Text view

Universal Dependencies - Bhojpuri - BHTB

LanguageBhojpuri
ProjectBHTB
Corpus Parttest

Javascript seems to be turned off, or there was a communication error. Turn on Javascript for more display options.

indexsentence 1 - 6 < sentence 7 - 17 > sentence 18 - 28

एह आयोजन में विश्व भोजपुरी सम्मेलन , पूर्वांचल एकता मंच , वीर कुँवर सिंह फाउन्डेशन , पूर्वांचल भोजपुरी महासभा , अउर हर्फ - मीडिया के सहभागिता बा बलिया के ओमप्रकाश आजमगढ़ के नैनू शुक्ल एह कार्यक्रम में अपना गवनई से रउरा सभे के भाव विभोर दीहें , अइसन पूरा भरोसा बा बस रउऱा आशीर्वाद के जरुरत बा आईं सपरिवार आईं भोजपुरी खातिर एगो बड़हन आन्दोलन चलवला के जरूरत : सदानन्द शाही विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई अउर पाती सांस्कृतिक मंच के एगो बड़हन आयोजन पिछला अतवारा का दिने बलिया के टाउन हाल बापू भवन में भइल एह आयोजन के पहिला सत्र में पाती संपादक डा॰ अशोक द्विवेदी, प्रो॰ अवधेश प्रधान प्रो॰ सदानन्द शाही का हाथै एह साल के पाती अक्षर सम्मान डा॰ प्रकाश उदय डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी के दिहल गइल भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका पाती के 75 वां अंक प्रकाशित भइला के संदर्भ में पाती भोजपुरी कथा साहित्य विषय पर एगो परिचर्चा करावल गइल जवना में कुँवर सिंह विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा॰ नीरज सिंह , भीमराव अंबदेकर बिहार विश्वविद्यालय के भोजपुरी विभागाध्यक्ष डा॰ जयकान्त सिंह जय , डा॰ रघुवंश मणि पाठक , डा॰ भगवती प्रसाद द्विवेदी , डा॰ प्रकाश उदय , डा॰ कमलेश राय वगैरह भोजपुरी कथा साहित्य के नवका रचनाशील विविधता के उजागर करे के दिसाईं पाती पत्रिका के लगातार काम कइला के सराहना कइल गइल मुख्य अतिथि प्रो॰ सदानंद शाही अध्यक्ष प्रो॰ अवधेश प्रधान पाती के प्रेम कथा विशेषांक के संदर्भ में विस्तार से चरचा करत कहनी कि २४ गो कहानीकारन के बहुरंगी कहानियन के एह बिटोर में भोजपुरी के सगरी विविधता अपना सांस्कृतिक चेतना का साथे सामने आइल बा प्रेम के अनगिनत रूप के कहानीकार एह कहानियन में ओकरा खासियत का साथे चित्रित कइले बाड़े प्रो़ सदानंद शाही के कहना रहल कि भोजपुरी भलही आज आपन असर समाज के हर वर्ग पर जमवले जात बिया बाकिर एकरा के संवैधानिक मान्यता दिआवे खातिर एगो बड़हन आन्दोलन खड़ा कइला के जरूरत बा एकरा के कानूनी रूप से सकार लिहल जाव एह खातिर जरूरी बा कि भोजपुरी में हर तरह के लेखन सामने आवे

Download XMLDownload textSentence viewDependency trees