bho-bhtb-test-doc2
Universal Dependencies - Bhojpuri - BHTB
Language | Bhojpuri |
---|
Project | BHTB |
---|
Corpus Part | test |
---|
View options
Tags:
Javascript seems to be turned off, or there was a communication error. Turn on Javascript for more display options.
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
-
ओह गरीब परिवार के कमाई के साधन बस ईहे नोकरी रहे । घर - परिवार आ नाता - रिश्ता में केहूँ अइसन ना मिलल जेकर किडनी मैच करो । धीरे - धीरे एह परिवार के आर्थिक स्थिति बहुत खराब हो गइल । सेंगर जी के ब्लड ग्रुप मैच करत रहे । ऊ बिना घरे केहू के बतवले चुपचाप आपन किडनी ओह आदमी के दान क दिहले । अतने ना ओकराके तीन बोतल खूनो दिहले । ई राज घरे तब खुलल जब उनुका सङ के पढ़ल एगो डॉक्टर घरे आइल आ बचपनवाला स्टाइल में मुक्का - मुक्की शुरू कइलस । जसहीं जगह पर छुआइल कि ओकरा मुँह से निकलल - आरे तोर किडनी ? आ फेरु त हंगामा शुरू । पत्नी के मनावे में तीन दिन लागल । आजु ओह आदमी के मए लइकी बियहा के ससुरा चलि गइली सन आ ऊहो सामान्य जीवन जी रहल बा ।
Download XML • Download text
• Sentence view • Dependency trees